Romance & Longing
खिड़िकिया से झाँकेला
— राम बहादुर अधीर पिण्डवी
केहू चान जइसे आके खिड़िकिया से, जब रतिया ढलेला तऽ झाँकेला।
हमरी सोरहो सिंगार के किताब जइसे, खड़ा होके खिड़िकिया से बाँचेला ।।..........
काहें घात केहू हम पर लगवले बा। मुंहवा खिड़िकी की पिछवा चोरवले बा ।।
नाहीं बोलेला कुछ, भेद खोले ना कुछ, काहें तिरछी नजरिया से ताकेला ।।........
केहू दूसर हवे कि सजना हमार। कि झूठ-मूठ के कवनो सपना हमार ।।
होला मन परेशान, जब छुपि जाला चान, धन हमरी जवनिया के जाँचेला ।।.......
आजु फिरु काहे हमके भरम हो गइल। नीद टूटल ना अइसन करम हो गइल ।।
रूठि गइने पिया, नाहीं अइने पिया, कि हमरी पिरितिया केहू आँजेला ।।.......
Related
More from Romance & Longing
नैना चार हो गइल
जब से अँखिया मिलल नैना चार हो गइल। धीरे-धीरे सजनवां से प्यार हो गइल ।। उनसे भइल मन के अँखिया से बतिया। जाने कवनी भाषा लिखावेला पतिया ।।
मेंहदी के हरियर पतिया
मेंहदी के हरियर पतिया में हो, बसे सजना के प्यार। रचि-रचि रचेली हथेलिया हो, रंग होखे चटकार ।।.........
रिमझिम बरसेला सवनवां
रिमझिम बरसेला सवनवा हो ननदी, सइयां के बोलादऽ। सइयां के बोला द, टेलीफोन करवा दऽ, तरसेला हमरो परनवां हो ननदी, सइयां के बोलाद ऽ ।।...........