Back to library
Family Values

नीक परिवार वाली

— राम बहादुर अधीर पिण्डवी

गोरिया नीक लागे छपरा बिहार वाली। बोले भोजपुरी बोलिया पियार वाली ।।

सासु जी के उठि सुति छूवे चरनिया। अपनी सुहाग के भरम राखे धनिया ।।

होखे गुन ढंग नीमन विचार वाली, बोले भोजपुरी बोलिया पियार वाली ।।........

ननदी देवर के कहे बाबू बबुनिया। घुंघटा की ओट से चउकठ धरे पनिया ।।

केहू देखेना टिकुली लिलार वाली, बोले भोजपुरी बोलिया पियार वाली ।।......

छोट-बड़ सबके रउवां कहि के बोलावे। कतहूं से अइला पर बेनिया डोलावे ।।

होखे ऊँच कुल, नीक परिवार वाली, बोले भोजपुरी बोलिया पियार वाली ।।........

रहिया चलत बाजे पाँव पयजनियां। ओठवा हिलत डोले नाक के झुलनियां ।।

शोभे नैना में कजरा कटार वाली, बोले भोजपुरी बोलिया पियार वाली ।।.....